महाराजगंज में महागठबंधन का समीकरण गड़बड़ हो रहा है। यहां कांग्रेस ने आकाश प्रसाद सिंह को उम्मीदवार बना दिया। तो पहले से राजद के टिकट की चाह में खड़े पूर्व विधायक रणधीर सिंह ने बगावत का ऐलान कर दिया है। रणधीर सिंह मौजूदा सांसद और कांग्रेस उम्मीदवार दोनों के खिलाफ वाली राह पर निकल पड़े हैं। राजद से बगावत कर रणधीर सिंह ने 28 अप्रैल को बैठक बुलाई है। इसी बैठक में आमंत्रण के लिए रणधीर सिंह ने भोजपुरी में एक पत्र अपने सोशल मीडिया अकाउंट पर पोस्ट किया है। इस पोस्ट में राजद पर धोखा देने का आरोप लगाने के साथ ही रणधीर सिंह ने मौजूदा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल को ‘मुंह दूब्बर आ मुंहचोर नेता’ कहा है। आप भी पढिए रणधीर सिंह का पत्र जिसमें उन्होंने सभी को 28 अप्रैल को मशरक बुलाया है।
कांग्रेस ने महाराजगंज में लगाया जोर, आकाश पहुंचे जनता के बीच
इयार बन के दगा देवे के आदत देख लीं ओकरा खून में बा, उहे पीठ में छुरा भोंक के बैरी आईल बा बात करे!!
महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र के सम्मानित अभिभावक गण आ नौजवान साथी,
आज हम रउआ लोगन के सोझा सोशल साईट के एह प्लेटफार्म पर एह पोस्ट के माध्यम से अगिला महीना होखे वाला महाराजगंज लोकसभा चुनाव में क्षेत्र के महान जनता के मान-सम्मान जोगा के राखे खातिर राउर अमूल्य सुझाव आ मार्गदर्शन मांग रहल बानीं।
रउआ सभे जानतानीं कि महाराजगंज के जनता के प्रेम स्नेह आशीर्वाद से चार बेर संसद पहुंचे वाला राउर आपन सांसद आ हमार बाबूजी प्रभुनाथ सिंह विपक्षी नेता लोग के भीतरघात आ विश्वासघात के संगे ओह लोग के रचल षड़यंत्र के शिकार हो के,एगो झूठा मुकदमा में लंबा समय से हजारीबाग जेल में कैद बानीं।
लगभग 12 बरिस पहिले हमार बाबूजी हमरा के नादान आ लालू प्रसाद जी के आपन हितैषी इयार समझ के,उनका पर भरोसा कर के हमरा के राजद में दाखिल कर देहनीं।तब से हम आदरणीय लालू जी के आपन अभिभावक मान के आ एगो कार्यकर्ता बन के उनकर आ उनका पार्टी के हर सुख-दुख आ राजनीतिक कार्यक्रम मे भागीदार बननीं, बाकिर पता ना काहे एह लोकसभा चुनाव के घोषणा भईला के बाद राजद के सब बड़ बड़ नेता लोग हमरा से मुंह फेर लेलख। पार्टी आपन सीट के कांग्रेस के हवाले कर के हमरा संगे बहुत बड़हन धोखा कईलख। अब हम महाराजगंज के अपना ओह सब अभिभावक आ युवा साथी,जेकरा साथे हम लगातार जुड़ के रहल बानीं,आपन फरियाद राखे जा रहल बानीं।
एह क्षेत्र के सभे के आशीर्वाद सहयोग आ समर्थन से हमार बाबू जी एह बधार के नाम के अपना क्षमता से अधिक ऊंचाई तक ले जाये के प्रयास कईनीं। ई सांच बा कि महाराजगंज बिहार में भी बा,ई पहचान हमरा बाबूजी के करिश्माई नेतृत्व आ जी तोड़ विकास के कारण मिलल।महाराजगंज से मशरख तक नया रेल लाइन,छपरा-आरा सड़क पूल,महाराजगंज से छपरा आवे-जाए खातिर एगो विशेष ट्रेन,एके लोकसभा क्षेत्र में तीन-तीन गो सेंट्रल स्कूल खोलवला से ले के सारण आ सीवान के चौतरफा नेशनल हाईवे सड़कन के जाल बिछवावल आ लोकनायक जयप्रकाश नारायण जी के जनमभूमि-सिताबदियारा के कटाव से सुरक्षा देवे खातिर अरबों रुपिया के योजना के अनुशंसा के बाद बनल बांध भी रउआ सभे के सोझा बा। एकरा अलावे दर्जनों प्रधानमंत्री सड़क योजना,अस्पताल,कृषि विज्ञान केंद्र,विद्युतीकरण के संगे संगे नया पावर ग्रिडन के निर्माण सहित ढ़ेर सारा विकास के काम भईल,जवना के गिनवावल संभव नईखे।
हमार बाबूजी जब रउआ सबे के आवाज बन के लोकसभा में बोलत रहीं त देश-दुनिया के लोग सांस रोक के उहां के बात सुनत रहे। आपन जमीन से जुरल भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवां सूची में शामिल करावे खातिर,गोंड़ जाति के अनुसूचित जनजाति के दर्जा दिलावे खातिर आ वित्तरहित शिक्षक लोग के मानदेय दियावे के ले के उहां के तरफ से भईल प्रयास आ संघर्ष सभे के आंख के सोझा बा। जनता-जनार्दन के बड़ा से बड़ा परेशानी से निकाले खातिर हमार बाबूजी जवना दमखम से पैरवी करत रहनीं,उ महाराजगंज के सभे लोग देखले बा। एह क्षेत्र के,जिला-जवार के लोग देस दुनिया में भरपूर मान-सम्मान आ शान से रहत रहे लोग। केहु पदाधिकारी के हिम्मत ना रहे कि एह क्षेत्र के लोग के बरगला देवे। ई रहे रउआ लोगिन के बनावल सांसद के रूतबा!
वर्तमान सांसद के विकास आ काम करे के ढ़ंग पर हम जादा का बोलीं,रउआ अपने तूलना कर के देख लीं,साफा अंतर लउके लागी। आज के सांसद लगे ना विकास करे के नीयत बा,ना बड़हन कवनो योजना। ना नीति बा आ ना कवनो जोश-खरोश। खाली मोदी जी के गुन गान आ जय श्री राम कहला से महाराजगंज के समस्या के निदान ना हो सके। किसान अपना खेत में पानी खातिर आज भी तरसता त महंगाई-बेरोजगारी-घूसखोरी चरम पर बा। इनका कार्यकाल में डी एम,एस पी,डीएसपी त दूर,एगो चौकीदार भा सरकारी कर्मचारी भी इहां के फोन तक ना उठावे। सांसद जी के उपेक्षित आपन कार्यकर्ता लोग ही जहां तहां कहत फिरता कि अबकी लागता कि मामला गड़बड़ा जाई।
जनता से झूठा वादा कर के मुंह दूब्बर आ मुंहचोर नेता लोग के सर्टिफिकेट त जरूर मिल गईल, बाकिर आज के दौर में समूचा सारण प्रमंडल नेता विहीन हो के रह गईल बा। राजनीतिक कार्यकर्ता के सम्मान के गिरवी राख के दलाल बना दिहल गईल बा।
रउआ सभे के एक बेरा फेरु से इयाद परवा दीं कि एही 28 अप्रैल एतवार के दिन,ग्यारह बजे से मशरख कोल्ड स्टोरेज के ॳगनई में एगो बईठक आयोजित कइल गईल बा। एह में महाराजगंज लोकसभा से “निर्दलीय चुनाव लड़े या ना लड़े” से संबंधित आवश्यक आ ज्वलंत मुद्दा पर आपस में विचार-विमर्श आ मंथन करे के योजना बा। एह बईठकी में हमार बाबूजी से जुरल सभे हीत-मीत,संगी-साथी आ अलग अलग दल में शामिल नेता आ शुभचिंतक लोग के भी बोलाहटा दिहल गईल बा।बईठक में रउआ सभे के भी अपना सभे इयार-दोस्त के संगे आवे के बा आ हमरा के एगो राह देखावे के बा ताकि हम ओह राह पर चल के रउआ सभे के सेवा कर सकीं। एह विपरीत राजनीतिक हालात में रउआ सभे के हमरा के राह देखावहीं के पड़ी। हम रउआ सभे के हर आदेश के पालन करेब आ एह मदद खातिर जिनगी भर राउर आभारी रहेब।